अगाथा क्रिस्टी (जनम उपनाँव: मिलर; 15 सितंबर 1890 – 12 जनवरी 1976) एगो ब्रिटिश लेखिका रहली जिनके लिखल उपन्यास आ कहानी बहुत लोकप्रिय भइल। क्रिस्टी कुल 66 गो उपन्यास लिखली आ 14 गो कहानी लिखली जेह में ज्यादातर जासूसी कथा आधारित रहे। जासूसी आ थ्रिलर बिधा के उपन्यास लेखक लोग में क्रिस्टी के महत्त्व के अस्थान हवे। एकरे अलावा ऊ एगो नाटक दि माउसट्रैप लिखली जे सभसे ढेर दिना तक लगातार खेलल जाए वाला नाटक बनल। अपना दूसरा लेखकीय नाँव मैरी वेस्टमैकॉट के इसतेमाल क के छह गो रोमांटिक उपन्यास भी लिखली।


Agatha Christie
Lady Mallowan

DBE
जनम Agatha Mary Clarissa Miller
(1890-09-15)15 सितंबर 1890
Torquay, Devon, England, United Kingdom
निधन 12 जनवरी 1976(1976-01-12) (उमिर 85)
Winterbrook, Oxfordshire, England
समाधी Church of St Mary, Cholsey, Oxfordshire, England, UK
लेखन उपनाँव Mary Westmacott
Agatha Christie
पेशा Novelist, short story writer, playwright, poet, memoirist
राष्ट्रियता British
बिधा Murder mystery, thriller, crime fiction, detective, romance
साहित्यिक आंदोलन Golden Age of Detective Fiction
प्रमुख रचना Creation of characters Hercule Poirot and Miss Marple, Murder on the Orient Express, The Murder of Roger Ackroyd, Death on the Nile, The Murder at the Vicarage, Partners In Crime, The ABC Murders, And Then There Were None, The Mousetrap
जीवनसाथी Archibald Christie
(m. 1914; div. 1928)
Sir Max Mallowan
(m. 1930–76; her death)
संतान Rosalind Hicks (1919–2004)
रिश्तेदार James Watts (nephew)
दसखत
वेबसाइट
agathachristie.com

इनके लिखल किताब आ कहानी सभ पर कई गो टीवी शो, रेडियो एडाप्टेशन वगैरह बनल बाने आ इनके लगभग तीस से ऊपर उपन्यासन पर फिलिम बनल बा। इनके किताब एंड देन देयर वेयर नन सभसे ढेर बिकाए वाली रहस्यकथा बनल आ अबतक के बेस्ट सेलिंग किताबन के लिस्ट में कुछ टॉप के किताबन में बा। एह कहानी पर हिंदी में एगो फिलिम गुमनाम () भी बनल रहे।

संदर्भ संपादन करीं